बेतिया 10 दिसम्बर (वार्ता) चनपटिया थाना के फतेहपुर बुनियादी विद्यालय का लगे आजु दिनदहाड़े कुछ हथियारबंद अपराधी उत्तरी घोघा पंचायत के मुखिया अनिल मिश्रा के गोली मार के हत्या कर दिहले.
पुलिस बतावत बिया कि मुखिया अनिल मिश्रा शिवा घाट से वापस चनपटिया लवटत रहले आ पहिलही से घात लगा के बइठल अपराधी अंधाधुंध गोली चला के उनका के घवाहिल क दिहले, बाद में अस्पताल ले जाए का रास्ता में अनिल मिश्रा के मौत हो गइल.
बतावल जात बा कि मृतक मुखिया चनपटिया प्रखंड के मुखिया महासंघ के अध्यक्षो रहलन.
420 total views, 2 views today