नयी दिल्ली. 10 जनवरी (वार्ता) कांग्रेस का ओर से दिल्ली के केजरीवाल सरकार पर तंज कसत कांग्रेस के महासचिव आ दिल्ली के प्रभारी शकील अहमद ट्विटर पर लिखले बाड़न कि आ आपा सरकार के कामकाज उनका के लालू राज के शुरूआती दिन के याद दिआवत बा. ओह घरी लालू जेपी के मूर्ति का सोझा किरिया लिहले रहले, भठियरपन का खिलाफ लड़ाई के गोहार लगावत रहले, जनता दरबार लगावल करसु, बाल कटवावसु, लइकन के नहवावल करसु वगैरह वगैरह.

जान जाईं कि केजरीवाल आ उनकर मंत्री रामलीला मैदान में किरिया लिहले, भठियरपन का खिलाफ हेल्पलाइन चलवले, आ कहत बाड़े कि उनकर मंत्री जनता दरबार लगावल करीहें.

By admin

%d bloggers like this: