Go to ...
RSS Feed

लोकसभा चुनाव खातिर छानबीन समिति बनवलसि कांग्रेस


नयी दिल्ली 09 जनवरी (वार्ता) कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी लोकसभा चुनाव के उम्मीदवार चुने ला छानबीन समितियन के गठन क दिहली.

कांग्रेस महासचिव जनार्दन द्विवेदी बतवले कि कुल दस गो अइसन समिति बनावल गइल बा. रेल मंत्री पद से हटल पवन कुमार बंसलो के एह समिति में राखल गइल बा. हर समिति में एगो अध्यक्ष आ एगो सदस्य के साथे ओह राज्यन के प्रभारी महासचिवन, प्रदेश अध्यक्षन आ विधायक दल के नेतन के राखल गइल बा.

भुवनेश कलिता के हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड आ जम्मू कश्मीर के छानबीन समिति के अध्यक्ष, वी नारायण सामी के अरूणाचल प्रदेश, मेघालय, मिजोरम, सिक्किम आ त्रिपुरा के समिति के अध्यक्ष, जितेन्द्र सिंह के उत्तर प्रदेश के, सुशील कुमार शिंदे के असम, अंडमान निकोबार, बिहार आ पश्चिम बंगाल के, मलिकार्जुन खडगे के मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र आ मुंबई के समितियन के अध्यक्ष, व्यालार रवि के आंध्र प्रदेश, गोवा आ कर्नाटक के, गुलाम नबी आजाद के केरल, लक्षद्वीप, पुड्डुचेरी आ तमिलनाडु के, पवन बंसल के गुजरात, दादर नगर हवेली आ दमन अउर दीव के समिति के, पीसी चाको के हरियाणा आ पंजाब के, आ आस्कर फर्नाडीस के झारखंड छत्तीसगढ अउर ओडिशा के जिम्मेदारी दीहल गइल बा,

Tags: , ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: