सिवान के सिविल सर्जन घूस लेत गिरफ्तार

पटना 09 जनवरी (वार्ता) बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आजु सिवान के सिविल सर्जन डा॰ चंद्रशेखर कुमार के घूश लेत घरी गिरफ्तार क लिहलसि,

ब्यूरो के पुलिस अधीक्षक डा॰ परवेज अख्तर बतवले कि लिखित शिकायत मिलल रहुवे कि सिविल सर्जन डा॰ चंद्रशेखर कुमार प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र लकारी नाबीगंज के निलंबित सहायक राम जतन प्रसाद से निलंबन वापिस लेबे का एवज मे 50 हजार रुपिया घूस माँगत बाड़े, मामिला के जाँच का बाद एगो टीम बनावल गइल आ आजु उ टीम सिविल सर्जन के सरकारी आवास से उनका के रामजतन प्रसाद से पचास हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ ध लिहलसि,

गिरफ्तार सिविल सर्जन के पूछताछ खातिर पटना ले गइल जात बा,