web analytics

आ आपा के चुनौती मानत भाजपा डाँड़ कसलसि

नई दिल्ली।0 जनवरी (वार्ता) भाजपा के संसदीय बोर्ड का बइठक में अगिला लोकसभा चुनाव मे आ आपा के बड़हन चुनौती मानत अपना प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी खातिर 272 प्लस के निसान पार करे ला देश भर मे जोर शोर से “मोदी फार पीएम” अभियान चलावे के तय भइल.

पार्टी के सबले बड़ संस्था संसदीय बोर्ड के बइठका में माथ नेता दू घंटा ले मजगर बात विचार कइले. 17, 18 आ 19 जनवरी के होखे वाला राष्ट्रीय कार्यकारिणी आ राष्ट्रीय परिषद के एजेन्डो प बात भइल. एह बइठका में नरेन्द्र मोदी ना रहले बाकिर अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी समेत बोर्ड के बाकी सदस्य शामिल रहले. हालांकि कुछ दोसरा काम में लागल रहला का चलते लोकसभा मे विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज आ भाजपा के अध्यक्ष रहल वेकैया नायडू आ नितिन गडकरी ना आ पवले.

बइठका का बाद महासचिव अनंत कुमार बतवले कि हाल के विधानसभा चुनाव परिणाम से साफ हो गइल बा कि कांग्रेस चुनावी जंग से बाहर हो गइल बिया आ अब ओह जगह के भरल भाजपा खातिर चुनौती बा. कहलन कि भाजपा एह चुनाव में 272 प्लस सीट जीते के निसान बनवले बिया आ एह बदे 12 जनवरी से देश भर मे “मोदी फार पीएम” अभियान चलावल जाई.

पत्रकारन के सवालन का जवाब में अनंत कुमार के कहना रहे कि अलग अलग राज्य में अलग अलग दल से मुख्य मुकाबला होखी आ एह से राज्यवार रणनीति बनावल जाई.

 22 total views,  5 views today

%d bloggers like this: