web analytics

गोरखपुर के प्लेटफार्म नम्बर एक अपना लम्बाई मे दुनिया भर मे अव्वल

गोरखपुर 10 जनवरी (वार्ता) पूर्वोत्तर रेलवे के गोरखपुर जंक्शन के प्लेटफार्म नम्बर एक के दुनिया के सबले लमहर प्लेटफार्म के रूप में लिम्का बुक आफ रिकार्ड में दर्ज क लीहल गइल बा.

पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक के॰के॰ अटल नेबतवले कि गोरखपुर रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नम्बर एक दुनिया के सबले महर प्लेटफार्म हो गइल बा जवना के लम्बाई 1355.4 मीटर करीब डेढ़ किलोमीटर के बा. अहसे पहिले सबले लमहर प्लेटफार्म खडगपुर में रहुवे आ ओकरो से पहिले सोनपुर में.

 180 total views,  5 views today

%d bloggers like this: