छपरा बलिया में ठिठुरन से लोग बेहाल


पटना 10 जनवरी (वार्ता आ दोसरो माध्यम) बिहार आ पूर्वांचल में आजु दुसरको दिने सूरज चमक ना पवले. काल्हु रात अनेके जगहा भइल बरखा बूनी से हालात अउरी बिगड़ गइल बा. पूरा जन जीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा.

कई जगहा स्कूलन के बारह जनवरी ले बंद क दीहल गइल बा. ट्रेनो बहुते देरी से चलत बाड़ी सँ. कुछ गाड़ी त चौबीस चौबीस घंटा से अधिका लेट चलत बाड़ी सँ.

%d bloggers like this: