वाराणसी 10 जनवरी (वार्ता) लोहता इलाका में आजु मोटरसाइकिल प पीछे बइठल एगो युवती ट्रक के धक्का से गिरल आ कचरइला से ओकर ओहिजे मौत हो गइल.

पुलिस से जानकारी मिलल कि आजमगढ के बीस बरीस के अनन्ती राम इटारी गांव में अपना जीजा के घरे आइल रहे. आजु सबेरे उ पडोस के लडिका संगे मोटरसाइकिल से जात रहुवे जब केराकतपुर गांव का लगे एगो बेकाबू ट्रक ओकरा के कचार दिहलसि. मोटरसाइकिल सवार उ लड़िको घवाहिल हो गइल. हादसा का बाद ट्रक ले के चालक भाग निकलल.

अनन्ती राम के हाल में उत्तर प्रदेश पुलिस में सिपाही के पद पर चयन भइल रहुवे.

By admin

%d bloggers like this: