दिल्ली वि.वि. मे 90 फीसदी आरक्षण करे का खिलाफ प्रदर्शन
January 11, 2014
पटना 10 जनवरी (वार्ता) बिहार लोजपा के छात्र इकाई आजु दिल्ली विश्वविद्यालय मे ओहिजा के लोकल छात्रन ला दाखिला में नब्बे फीसदी आरक्षण दिहला का खिलाफ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पुतला जरवलसि आ प्रदर्शन कइलसि.
छात्र लोजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजीव सरदार के कहना बा कि अइसनका होखल बहुत गलत बात बा. दिल्ली में पूरा देश के छात्र पढ़े आवेले आ ओह लोग के कैरियर के नुकसान बरदाश्त ना कइल जाई.