web analytics

माघ मेला के सगरी तइयारी पूरा

इलाहाबाद 11 जनवरी (वार्ता) इलाहाबाद मे 14 जनवरी से शुरु होखे जात माघ मेला ला जिला प्रशासन सगरी तइयारी क लेले बा.

आधिकारिक प्रवक्ता बतवावत बाड़े कि गंगा यमुना आ सरस्वती के संगम पर 14 जनवरी मकर संक्रांति के नहान से माघ मेला शुरू होखी आ 27 फरवरी महाशिवरात्रि ले चली. एह मेला में सुरक्षा के आ अउरी तइयारी पूरा क लीहल बा.

बतवले कि मेला क्षेत्र में दूध बाँटे ला पराग के तीस गो बूथ बनावल गइल बा जहाँ से 12 जनवरी से दूध बिकाए लागी. हर बूथ प दूध के दाम बोर्ड प लिखल रही.

प्रवक्ता कहले कि वन निगम मेला क्षेत्र में जलावन लकडी उपलब्ध करावे ला तीन गो डिपो बनाई जहाँ से 480 रूपिया प्रति कुन्तल के दर से जलावन लकडी उपलब्ध करावल जाई.

मेला क्षेत्र में तीर्थ यात्रियन आ कल्पवासियन के मनोरंजन ला सांस्कृतिक कार्यक्रमो के धूम रही. सूचना विभाग आ उत्तर मध्य क्षेत्र सांस्कृतिक केन्द्र के पंडालन में लोकगीत, लोक नृत्य अउरी गवनई वगैरह के कार्यक्रम परोसल जाई.

 250 total views,  2 views today

%d bloggers like this: