लखनऊ 10 जनवरी (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के गोरखपुर मे रैली सुभाष जयन्ती का दिने 23 जनवरी के मानवेल मैदान मे होखी.
पार्टी के प्रदेश प्रवक्ता विजय बहादुर पाठक इ जानकारी दिहले आ कहलन कि रैली के जगहा के फैसला प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकान्त बाजपेयी, गोरखपुर के सांसद योगी आदित्य नाथ, पार्टी के प्रदेश महामंत्री पंकज सिंह, सांसद कमलेश पासवान आ उपाध्यक्ष शिव प्रताप शुक्ल के मौजूदगी मे भइल बइठक में लीहल गइल. बतवले कि दू फरवरी का दिने मेरठ में होखे वाली रैलीओ के जगहा के फैसला जल्दिए ले लीहल जाई. दू मार्च के लखनऊ में होखे वाला महारैली कांशीराम स्मृति उपवन मे करे के प्रस्ताव बा. एह उपवन मे करीब पाँच लाख लोग बइठ सकेला.