राहुल के अमेठी रैली रदद भइला पर विश्वास कहलन कि काग्रेस डेरा गइल
January 11, 2014
नयी दिल्ली. 10 जनवरी (वार्ता) कांग्रेंस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के दू दिन के अमेठी दौरा रद्द भइला का बाद उनका खिलाफ लोकसभा चुनाव मैदान में उतरे के एलान करे वाला आ आपा नेता कुमार विश्वास के कहना बा कि कांग्रेस उनका से डेरा गइल बिया.
कुमार विश्वास अमेठी में अतवार का दिने आपन जन विश्वास रैली करे वाला बाड़े. एह बीच खबर आइल रहे कि राहुल गाँधी दू दिन ला अमेठी के दौरा करीहें बाकिर अचके में उनकर दौरा रद्दो क दीहल गइल.