नयी दिल्ली. 10 जनवरी (वार्ता आ दोसरो माध्यम) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी लोकसभा चुनाव ला उम्मीदवार चुने के बारे में नया तरीका अपनावे के बात करत कहले कि उम्मीदवारन के एलान बहुते पहिले क दीहल जाई.
एह खातिर बनावल पार्टी के छानबीन समिति के अध्यक्षन संगे बइठक करे से पहिले राहुल गाँधी बतवले कि अबकी नया तरीका से उम्मीदवारन के चुनल जाई.
बतावल जात बा कि पार्टी के सोच बा कि उम्मीदवार जिताउ होखला का साथ ही साफ छवि वाला बेदाग होखे आ पार्टी से लमहर दिन से जुड़ल होखे. दू बेर चुनाव हारल लोग के टिकट ना दीहल जाई आ ओहु लोग के जिनका पिछला चुनाव में एक लाख से कम वोट मिलल रहुवे.
397 total views, 2 views today