- गोरखपुर में २३ जनवरी के होखे वाला भाजपा के विजय शंखनाद रैली के सफल बनावे ला देवरिया का भाजपा कार्यकर्ता जी जान से जुटले.
- सरस्वती शिशु मंदिर समेत अनेके स्कूलन में भारत के आधुनिक संत आ हिंदु धर्म के प्रचारक रहल संत स्वामी विवेकानंद के जयंती युवा दिवस के रूप में समारोह पूर्वक मनावल गइल.
- देवरिया खास के सरस्वती वरिष्ठ विद्या मंदिर के सभागार में भइल 21 वाँ राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस में छठवीं से दसवी कक्षा के विद्यार्थी शामिल भइले आ एह प्रतियोगिता में विकास त्रिपाठी विजयी भइलन.
- सलेमपुर में जाम हटावे का काम एह चलते ना हो सकल कि महिला फोर्स ना मिलल. अनेके थाना से आइल पुलिस के वापिस लवटे के पड़ल.
- लार थाना खेमादेई दियारा के मोहन हत्याकांड के खुलासा पुलिस क दिहलसि. बतवलसि कि शराब का नशा में भइल झगड़ा का चलते मोहन के तीन आदमी गोली मार के हत्या क दिहले. पुलिस तीनो के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहले बिया.
- कउड़ा से लागल आग से देवरिया के पकड़ी खास गाँव में एगो मड़ई में आग लाग गइल. एहसे दू गो लड़िका झउँस गइले आ एगो बकरी जर के मर गइल. मड़ई भग्गू के बेटा अशोक के रहुवे.
- इलाहाबाद क्राइम ब्रांच भलुअनी से एगो नवही के उठा ले गइल. बढ़पुरवा गाँव के एह नवही प साइबर अपराधी होखे के अनेसा बा.
- तरकुलवा इलाका में हेतिमपुर का नियरा हाइवे पर गोरखपुर से आवत बस से लागल टक्कर से सेमरा गाँव के पचीस साल के एगो नवही अजय के मौत हो गइल.
- बहिन किहाँ खिचड़ी चहुँपावे जात बनकटा के चकरवाँ के बाइस साल के नवही महेश यादव के बिहार के मैरवा में गुठनी मोड़ का लगे भइल सड़क हादसा में मौत हो गइल.
- श्रुतिकीर्ति बौद्ध कन्या महाविद्यालय छात्र संघ के चुनाव में पिंकी विश्वकर्मा अध्यक्ष, संज्ञा यादव उपाध्यक्ष, श्रेया त्रिपाठी महामंत्री आ अनामिका मिश्र पुस्तकालय मंत्री चुनइली.
383 total views, 2 views today