- इटाढी प्रखंड के बडका गाव मे स्वामी विवेकानन्द के जयंती के मौका प आदर्श बाल विकास क्लब के तरफ से जदयू नेता गरीबन में कंबल आ कपड़ा बँटले.
- खिचड़ी 15 जनवरी के मनावल जाई. चोदह जनवरी के साँझ सात बज के आठ मिनट पर सूरज भगवान मकर राशि में प्रवेश करीहें आ पन्द्रह जनवरी के दिन एगारह बजे ले रहीहें. उदया तिथि माने का परंपरा का चलते खिचड़ी पन्द्रहे जनवरी के मनावल जाई.
- सिमरी थाना के मझवारी गांव क नियरा शुक कादिने पुलिस सवा सात क्विंटल गांजा बरामद कइलसि. साथही तस्करन के गिरफ्तारो क लिहलसि.