web analytics

बलिया १२ जनवरी २०१४

  • अतवार का दिने नगरपालिका रसड़ा मे सड़कन प से नाजायज कब्जा हटवावल गइल. एह दौरान अतिक्रमण का जद में पड़ल सामान के नगरपालिका अपना कब्जा मे लेत गइल.
  • फेफना थाना के मुबारकपुर गाँव का सोझा हाइवे प शनिचर के देर रात बक्सर से आवत एगो तेज कार एगो बाइक सवार के धक्का मार दिहलसि. एह हादासा में बलिया के कृष्णा नगर के बीस बरीस के टीमल गुप्ता के मौत ठाँवे प हो गइल. पीछे बइठल रविशंकर गुप्ता के खराब हाल देख वाराणसी भेज दीहल गइल बा.
  • बैरिया संसार टोला बंधा पर जयप्रकानशनगर से बलिया जात बस नई बस्ती बैजू टोला के सोझा अतवार का सबेरे पलटि मार दिहलसि. एह हादसा में एक दर्जन सवारी घवाहिल हो गइलर. गंभिराह घायल लोग के छपरा में अस्पताल में इलाज होखत बा.
  • जश्ने ईद मिलादुन्नबी के दिन नगर में निकले वाला जुलूस का बारे में ओक्डेनगंज चौकी पर अतवार का दिने भइल शांति समिति के बइठक में तय भइल कि बाइक जुलूस ना निकालल जाई आ डीजे ढेर जोर से ना बजावल जाई. एकरा पालन के जिम्मेदारी अखाड़ने के दीहल गइल बा.
  • ठनका गिरला से गड़वार थाना के झगहीं गांव में शनिचर के दुपहरिया शिव मंदिर के गुंबद टूट गइल, दू गो मकानन के नुकसान भइल आ पूजा करे गइल बावन साल के रमावती तिवारी के मौत हो गइल जे बरखा का चलते मंदिरे में रुक गइल रही.

 374 total views,  2 views today

%d bloggers like this: