- भगवानपुर प्रखंड के मातर गांव के योगेन्द्र केवट के अपहरण का मामिला मे लापरवाही बरते का चलते बाद मे हो ओकर हत्या भइला का बाद पुलिस अधीक्षक रत्नमणि संजीव भगवानपुर थानाध्यक्ष ओमप्रकाश सिंह के लाइन हाजिर करा दिहले.
- जिला के 8 गो प्रखंड में पंचायत उपचुनाव खातिर परचा दाखिल का बाद चैनपुर, भगवानपुर, कुदरा आ नुआंव मे 8 गो पद पर निर्विरोध चुनाव हो गइल. बाकी पद प अतवार का दिने वोट पड़ल.
- पुलिस के मिलल खुफिया जानकारी का बाद मोहनिया के एगि व्यवसायी के बेटा के किडनैप करे के योजना बनावते में मल्ल्ह टोली के चार गो अपराधियन के शुक के रात असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस.