web analytics

भोजपुर १२ जनवरी २०१४

  • संदेश प्रखंड के तीर्थकाल गाँव के लोग चार दिन से आमरण अनशन प बइठल बा. एह लोग क माँग बा कि उनुका गाँव में बिजली चहुँपावल जाव.
  • रेलवे में टीटीई के नौकरी लगवावे का नाम प ठगी करे का आरोप मे पुलिस अतवार का दिने नाला मोड़ से किशोर सिंह के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • अतवार का दिने आरा आइल योग गुरू बाबा रामदेव के जगहे जगह शानदार स्वागत भइल. बाबा अपना पतंजलि योग समिति, भारत स्वाभिमान ट्रस्ट, किसान पंचायत, युवा भारत अउर महिला पतंजलि योग समिति के बोलावल कार्यक्रम ला आइल रहले.
  • अतवार का दिने जिला के पाँच गो पंचायतन के उप चुनाव मे 60 फीसदी लोग वोट दीहल. वोट सोमार का दिने गिनाई.
  • दवा दुकान मे भइल छापामारी आ दुकानदार संजय कुमार सिंह के गिरफ्तारी का खिलाफ केमिस्ट एण्ड ड्रगिस्ट एसोसिएशन विरोध मार्च निकललसि. पीरो नगर के इब्राहीमपुर मोड़ प एगो दवा दुकान मे पटना से आइल टीम छापा मरले रहुवे.

 269 total views,  2 views today

%d bloggers like this: