web analytics

मोतिहारी १२ जनवरी २०१४

  • जहर जइसन खाना खा के हरपुर थाना के उंचीडीह गांव में अतवार का दिने एके परिवार के नौ लोग के तबियत खराब हो गइल. छह जने के इलाजा गाँवे का डाक्टर लगे होखत बा बाकि तीन गो औरतन के खराब हाल देख के रक्सौल भेजल गइल बा.
  • अतवार का दिने बनकटवा के राममनोहर लोहिया खेल मैदान में बोलावल भाजपा मिलन समारोह सह दंगल प्रतियोगिता के समापन समारोह में बोलत भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडे कहलन कि पूरा देश में नमो लहर चलत बा.
  • ढाका हाई स्कूल के मैदान में विजयी क्रिकेट क्लब के तत्वावधान में भइल स्व. मोतिउर्रहमान मेमोरियल क्रिकेट टूर्नामेंट के फाइनल मैच में बलिया के टीम दरभंगा के 37 रन से हरा के शील्ड जीत लिहलिस.
  • सतरह तारीख से चकिया में आधार कार्ड बनावे के काम शुरू होखे वाला बा. एह ल शनिचर का दिने प्रशिक्षण दीहल गइल.
  • जिला में तैनात 127 गो आशा बहुअन प गाज गिरे के अनेसा बा काहे कि इ लोग अपना काम मे ढिलाई बरतत बा. कई गो त महीनन से गैरहाजिर बाड़ी.
  • स्टेट बैंक मधुबन के 40 गो बकायेदारन पर कर्जा वसूली ला गिरफ्तारी वारंट जारी भइल बा.
  • शनिचर का दिने भइल मत विभाजन का बाद रामसिंह छतौनी के उपमुखिया मजिद मियाँ के हटा दीहल गइल. उनका खिलाफ बारह गो वोट पड़ल जबकी उनका पक्ष में चारे गो वोट.

 187 total views,  10 views today

%d bloggers like this: