गोंडा 13 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के भ्रष्टाचार निवारण संगठन के ट्रैप टीम आजु गोडा जिला में एगो ईट भट्ठा मालिक से दस हजार रुपिया घूस लेत मे एहिजा के लेखपाल के रंगें हाथ गिरफ्तार क लिहलसि.
बतावल जात बा कि पूरेठाकुर के कल्पनाथ सिंह लेखपाल राजकुमार से अपना भट्ठा का बारे मे फायदेमंद रिपोर्ट लगावे के कहलन त लेखपाल राजकुमार उनुका से घूस माँग लिहलन. कल्पनाथ तब एह बात के जानकारी भ्रष्टाचार निवारण संगठन के फैजाबाद इकाई के दिहलन आ आजु लेखपाल के घूस लेत धरवा दिहलन.
226 total views, 5 views today