बेतिया 13 जनवरी (वार्ता) इनरवा थाना के सकरौल गांव मे पारिवारिक कलह से तंग एगो मेहरारू आजु फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.
पुलिस बतवलसि कि सकरौल के नारायण गिरी के पैंतीस बरीस उमिर के मेहरारू मीना देवी पारिवारिक कलह का बाद फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. एह मामिला मे लाश बरामद क के पोस्टमार्टम ला भेज दीहल बा.