बिहार कांग्रेस चुनाव समिति फेरू बनावल गइल
January 14, 2014
नयी दिल्ली. 13 जनवरी (वार्ता) कांग्रेस के चुनाव समिति फेरू से बनावत एकर अध्यक्ष बड़का नेता अशोक चौधरी के बनावल गइल बा.
एह समिति के सदस्यन में सदानंद सिंह, डा. शकील अहमद, डा शकील अहमद खान, कैलाश पाल, मौलाना अशररुल हक, डा. ज्योती, डा. जावेद, अखिलेश सिंह, मदन मोहन झा, प्रो. राम जतन सिन्हा, महबूब अली कैसर, अनिल कुमार शर्मा, चंदन बागची, विजय शंकर दुबे, डा. अशोक कुमार, श्यामा सिंह, संजीव प्रसाद सोनी, राम देव राय, अवधेश कुमार सिंह, डा. हरखू झा, अश्विनी शर्मा, जगनाथ राय, लाल बाबू लाल, आ कृपा नाथ पाठक शामिल बाड़न. आमंत्रित सदस्यन में अजय कुमार चौधरी, विनीता विजय, कुमार गौरव, कुमार आशीष आ चंद्र प्रकाश सिंह के नाम बा.