- हल्दी थाना के बबुआपुर आ परसियां गांव में लागल आग में छह गो पलानी जरला से हजारो रुपिया के सामान राख हो गइल.
- बलिया के मशहूर अधिवक्ता रहल शिवकुमार राय के पुण्यतिथि उनका मकान प मना के सरधांजलि दीहल गइल.
- एगो बीएच डब्ल्यू अपना धनबल आ पैरवी बल से बलिया के तीन गो अस्पतालन, रसड़ा, नगरा आ सरायभारती, के प्रभारी बनल बा आ एह बीच आइल छह गो सीएमओ ओकर कुछउ ना बिगाड़ पवले भा कहीं त बिगाड़े के कोशिशो ना कर पवले.
- रसड़ा नगर पालिका मे विकास काम ला 3.87 करोड़ रुपिया के खरच के मंजूरी दिहलसि प्रदेश सरकार.
- झारखंड के मुंडा बिरसा स्टेडियम में 17 से 19 जनवरी ले होखे वाला अंतर जनपदीय जूनियर नेशनल एथलेटिक्स चैंपियनशिप में शामिल होखे ला बलिया के टीम मंगल का दिने रवाना भइल.
- राज्य के खेल मंत्री आ बलिया नगर से सपा विधायक नारद राय बतवलन कि इमरजेंसी आ दवा पर्ची बनावे के काम 28 जनवरी से अस्पताल के नयका भवन में होखे लागी जबले नयका इमरजेंसी वाला भवन बन नइखे जात.
254 total views, 3 views today