web analytics

सारण १४ जनवरी

  • मंगल का दिने छपरा के राम जयपाल कालेज में बिहार के उपमुख्य मंत्री रहल स्व॰ राम जयपाल सिंह यादव के 92वीं जयंती मनावल गइल. समारोह के उद्घाटन कइलन मंत्री रहल उदित राय.
  • आजादी के लड़वइया आ महान शिक्षाविद् ब्रजकिशोर बाबू के 136वीं जयंती मंगल का दिने छपरा के ब्रजकिशोर किंडर गार्टन में मनावल गइल.
  • खुफिया जानकारी मिलला का बाद रसूलपुर पुलिस चार गो चोरन के ध दिहलसि. बतावल जात बा कि इ सब सैप का वर्दी में चोरी करत रहले स. पकड़ाए वालन में बघौना के मंजय कुमार, रसूलपुर के कल्लू मांझी, राजू कुमार आ असहनी के अमित कुमार दुबे शामिल बाड़े.
  • बिना छुट्टी लिहले गैरहाजिर मिलल तेरह गो सैप जवानन के बर्खास्त करे के कार्रवाई शुरू हो गइल बा. इ लोग पुलिस कप्तान वरुण कुमार सिन्हा के औचक निरीक्षण का बेरा गैरहाजिर मिलल रहुवे.
  • जिला खनन पदाधिकारी मतिउर रहमान सनहा दर्ज करवले बाड़न कि कुछ बालू कारोबारी उनुका के जान से मारे के धमकी दिहले बाड़े.
  • सोमार के भइल मतगणना का बाद पंचायत उपचुनाव के परिणाम जारी भइल. मशरख के खजुरी में सरपंच चुनइली कविता देवी, वार्ड 3 के वार्ड सदस्य पद पर तारकेश्वर राय जीतले.
  • जमीन के कागज में हेराफेरी करे का आरोप में पुलिस मीरपुर जुअरा के राजकरण राय के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. उनुका प लालबाबू पाठक के मेहरारू कमलावती देवी के जमीन हड़पे के कोशिश करे के आरोप बा.
  • पलानी में लागल आग में झँउस के रसूलपुर के साठ साल के सिंहासन गोंड़ मर गइले.
  • पिछला साल भइल एगो लौंडेबाजी का मामला मे पुलिस मंगाईडीह गांव के संजय महतो के पकड़ लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: