web analytics

छेड़खानी के विरोध कइला प लइकी के हत्या

गोपालगंज 16 जनवरी (वार्ता) यादोपुर थाना के बाबू विशनपुर गांव मे काल्हु रात छेड़खानी के विरोध कइला प बनबारी यादव के अठारह साल के बेटी मिंटू कुमारी के हत्या क दीहल गइल. छेड़खानी के विरोध कइला प गाँवे के कुछ लड़िका ओकरा के छूरा घोंप दिहले जवना का बाद ओकर मौत हो गइल.

एह बात प भइल मारपीट में ओह लइकी के बाप आ भाई समेत सात लोग घवाहिल हो गइल बा. एहमे से चार लोग के इलाज गोपालगंज सदर अस्पताल मे होखत बा आ तीन जने के गोरखपुर मेडिकल कालेज अस्पताल रेफर क दीहल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: