बिहार का भभुआ हरियर शहर बन गइल
January 16, 2014
भभुआ 16 जनवरी (वार्ता) पिंक सिटी का नाम से मशहूर जयपुर के बाद बिहार के भभुआ शहर आब .ग्रीन सिटी बन गइल बा.
एह बात के एलान करत कैमूर के जिलाधिकारी अरविंद सिंह कहलन कि छह महीना पहिले नगर परिषद आ नागरिकन के बइठक में तय भइल रहे कि शहर के हरियर रंग से रंगल जाव. एकरा बाद एह प काम शुरू भइल आ सरकारी मकानन का साथही निजीओ मकानन के हरियर रंग से रंग दीहल गइल. एह काम में ना त सरकारी धन लागल बा ना जिला प्रशासन का ओर से कवनो दबाव डालल गइल बा.
वइसे इहो जाने जोग बा कि सरकार में बइठल दल जदयू के झंडा हरियरे रंग के ह.