web analytics

राहुल के नेतृत्व मे चुनाव लड़े के एलान कइलसि कांग्रेस

Hand-symbolनई दिल्ली ।6 जनवरी (वार्ता) जमाना से चलत उहापोह खतम करत आजु कांग्रेस एलान क दिहलसि कि अगिला लोकसभा चुनाव उपाध्यक्ष राहुल गांधी के अगुअई मे लड़ल जाई.

कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के दखल का बाद पार्टी राहुल के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित ना कइलसि काहे कि सोनिया कहली कि कांग्रेस में अइसन परंपरा नइखे रहल. अगर दोसर कवनो पार्टी अइसन कइले बिया त जरूरी नइखे कि कांग्रेसो उहे करो.

बाकि राहुल के अगुअई में चुनाव लड़े के एलान से साफ हो गइल कि बहुमत मिलल त राहुले प्रधानमंत्री बनीहे.

कांग्रेस के एह फैसला प चुटकी लेत भाजपा का ओर से कहल गइल बा कि तय हार का डर से कांग्रेस अपना प्रधानमंत्री के एलान ना कइलसि. रविशंकर प्रसाद कहलन कि कांग्रेस जानत बिया कि अगिला चुनाव में ओकर हार तय बा से राहुल के फजीहत से बचावे ला उनका के पीएम उम्मीदवार ना बनवलसि.

 187 total views,  2 views today

%d bloggers like this: