लोकसभा चुनाव के लड़ाई से नीतीश के पहिलही से बाहर बतवलन लालू
January 16, 2014
पटना 16 जनवरी (वार्ता) अपना मेहरारू आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के आवास प अल्पसंख्यक जमात के लोग ला बोलावल चूड़ा दही भोज का मौका प राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव प्रधानमंत्री पद खातिर हर तरह से बढ़िया उम्मीदवार बतवलन कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गांधी के, कहलन कि राहुल हर तरह से नरेन्द्र मोदी से बेहतर बाड़े.
लालू कहलन कि लोकसभा चुनाव का लड़ाई से नीतीश कुमार पहिलही बाहर हो गइल बाड़े.