Go to ...
RSS Feed

केन्द्र के राज्य मंत्री शशि थरूर के मेहरारू के लाश मिलल


नयी दिल्ली।7 जनवरी (वार्ता) केद्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री शशि थरूर के मेहरारू के लाश आजु दिल्ली मे एगो होटल का कमरा मे मिलल.

मामिला संदिग्ध मान के पुलिस जाँच करे मेलागल बिया आ लाश के पोस्टमार्टम ला भेजल गइल बा.

कुछ दिन पहिले शशि थरूर के चक्कर एगो पाकिस्तानी पत्रकार से होखे के आरोप लगावत सुनंदा पुष्कर चरचा मे आइल रहली. आजु अचानक उनकर लाश होटल के कमरा से मिलल.

एह संदिग्ध मौत का बाद मीडिया आ सोशल मीडिया में चरचा के मुद्दा बन गइल बा ई मौत.

पुलिस के कहना बा कि जब ले पोस्टमार्टम आ फारेंसिक रिपोर्ट ना आ जाई तब ले एह बारे में कुछ ना कहल जा सके.

सुनंदा का लाश का लगे से कवनो तरह के नोट, कागज वगैरह नइखे मिलल. होटल के कमरा मे मरद मेहरारू दुनू रुकल रहले आ शशि थरूर दिन भ कांग्रेस के बइठक मे रहले.

सुनंदा पुष्कर के इ दुसरका शादी आ शशि थरुर के तिसरका शादी रहुवे. काल्हु सुनंदा एगो टीवी चैनल से इटरव्यू मे कहले रही कि उ शशि से तलाक लीहे आ आजु उनकर लाश मिल गइल.

Tags: ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: