Go to ...
RSS Feed

राहुल के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार ना बनवलस से भाजपा उछाह मे


नई दिल्ली।7 जनवरी (वार्ता) ऐन वक्त प कांग्रेस राहुल गांधी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार ना बनावे के फैसला कइलसि आ कहलसि कि संविधान में कहल गइल बा कि प्रधानमंत्री जीतल सांसद चुनेले. कांग्रेस राहुल के अपनाच चुनाव के मुखिया बनावे के एलान कइलसि.

कांग्रेस के एह फैसला का बाद भाजपा अब अपना के देश के बागडोर सम्हारे ला तईयार एकलौत दल के रूप में पेश करे के योजना बनावत बिया.

भाजपा परिषद के बइठक के एजेडा तय करे ला आजु राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठका भइल. भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिहं कहलन कि केन्द्र के सत्ता हथियावे बदे कांग्रेस हर तरह के हथकंडा इस्तेमाल करे में लागल बिया. एहसे भाजपा कार्यकर्तन के आपन पूरा ताकत लगावे के होखी एह दुष्चक्र तूड़े ला.

Tags:

More Stories From राजनीति

%d bloggers like this: