Go to ...
RSS Feed

बैंक शाखा से साढ़े आठ लाख रुपिया लुटाइल


कैमूर जिला के चेहरिया में मध्य बिहार ग्रामीण बैंक के शाखा से साढ़े आठ लाख रुपिया लूट लीहल गइल. सोमार का दुपहरिया मे पाँच गो डकैत बैंक मे घुसले आ कर्मचारियन आ ग्राहक लोग के एगो कोठरी मे बन्द क के रुपिया लूट लिहले.

बतावल जात बा कि गेट प खड़ा दरवान के हड़का के डकैत बैंक मे घुसले आ लूट का बाद अपना बिना नंबर वाला बोलेरो प सवार हो के ककैरत पुल का रस्ते गाजीपुर के जमनिया ओर भाग निकलले.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: