web analytics

एकमा टीसन प लालपुर आ भरहोपुर के लड़िकन का बीच मारपीट

छपरा-सिवान रेलखंड के एकमा टीसन प बुध का दिने कवनो बात प लालपुर आ भरहोपुर गाँव के लड़िकन का बीच मारपीट हो गइल. एह मारपीट में पाँच छह गो लड़िका घवाहिल हो गइले.

जानकारी पवते एकमा पुलिस टीसन प चहुँपल बाकि तबले मारपीट करे वाला खसक गइल रहले.

बतावल जात बा कि एह लड़िकन का बीच सिवान का ओर जात मौर्या एक्सप्रेस ट्रेने मे झगड़ा शुरू हो गइल रहुवे. एकमा चहुँपला प सगरी उतरले आ नीचे टीसन प जम के मारपीट शुरू क दिहले, एहमें बेल्ट आ स्टिक के इस्तेमाल भइल. झगड़ा कवना बात प भइल से पता ना लाग पावल बाकिर बतावल जात बा कि लड़कियन के ले के आए दिन एह तरह के मार पिटव्वल होते रहेला.


(खबर से)

 446 total views,  2 views today

%d bloggers like this: