कांग्रेस धोखेबाज आ दुमुँहा चरितर के पार्टी हिय, कहलन मुलायम
January 29, 2014
लखनऊ 29 जनवरी (वार्ता) समाजवादी पार्टी अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव के कहना बा कि कांग्रेस दुमुँहा चरितर वाली धोखेबाज पार्टी हिय आ एकरा कहला आ कइला में बहुते फरक होला.
पत्रकार राधेकृष्ण के लिखल किताब में सपा मुखिया मुलायम सिंह के आलेख में छपल बा कि कांग्रेस डूबत जहाज हियऽ. धोखेबाजन के अंत अइसने होला. मुलायम लिखले बाड़न कि कांग्रेस सरकार तब बचवले रहले जब उ बहुते संकट मे रहुवे बाकिर कांग्रेस एकरा ला शुक्रगुजार होखे का जगहा उनुके के कमजोर करे मे लाग गइल.