web analytics

फिरकावाराना वारदात रोके के कानून संसद के अगिला सत्र मे

नयी दिल्ली 29 जनवरी (वार्ता) केन्द्र मे दस साल से सरकार चलावत संप्रग आ कांग्रेस के अध्यक्षा सोनिया गांधी आजु दिल्ली में बोलावल वक्फ विकास निगम के बइठक में कहली कि फिरकावाराना वारदात रोके वाला कानून संसद के अगिला सत्र मे ले आई सरकार.

एही बइठक में आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के भाषण बेरा एगो प्रतिनिधि विरोध करे लागल कि पिछलका योजना लागू करावल छोड़ नया नया योजना ले अइला से कवनो फायदा नइखे होखेवाला. विरोध करे वाला आदमी के मुँह बन्द क के सुरक्षा कर्मी ओकरा के बईठक का बहरी निकाल दिहले.

 300 total views,  5 views today

%d bloggers like this: