web analytics

बक्सर नाव हादसा के चार गो लाश मिलल

बक्सर 29 जनवरी (वार्ता) चौसा थाना के बाजार घाट का नियरा गंगा नदी मे भइल नाव हादसा में लापता पन्द्रह लोग मे से चार जने के लाश आजु सबेरे बरामद हो गइल. एहमें तीन गो औरतन के लाश ह आ एगो बच्ची के. बाकी लोग के तलाशे के काम जारी बा. मिलल लाशन के अबही पहचानल नइखे गइल.

काल्हु एगो नाव से सवार होके तेइस लोग यूपी से बिहार आवत रहे जब नीच नदी में नाव पलट गइल. आठ गो औरत पवँड़ के निकल अइली सँ बाकिर बाकी औरतन के पता नइखे चलल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: