बिहार बोर्ड के फार्म भरे के तारीख बढ़ावल गइल
January 29, 2014
बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा के फार्म भरे के तारीख इकतीस जनवरी ले बढ़ा दिहले बिया. समिति के अध्यक्ष प्रो॰राजमणि प्रसाद बतवले कि पच्चीस जनवरी का बाद फार्म भरे वाला लोग के एक सौ रुपिया दंड देबे के पड़ी. पहिले एगारहे जनवरी ले लोग फार्म भर सकत रहे.
इहो बतावल गइल बा कि सतरह मार्च से इंटर के विशेष परीक्षा ओह लोग ला करावल जाई जे कवनो कारण से मुख्य परीक्षा ना दे पावल.