बेतिया में 19 किलो चरस संगे चार गो तस्कर गिरफतार
January 29, 2014
बेतिया 29 जनवरी (वार्ता) नेपाल के सीमा से लागल गोपालपुर थाना के शिवाघाट पुल का नियरा आझु सबेरे पुलिस चार गो तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकनी का लगे से उनइस किलो चरस बरामद भइल.
पुलिस के पता चलल रहे कि कुछ तस्कर ट्रैक्टर से चरस ले के नेपाल ओरी से आवत बाड़े. एह जानकारी का बाद पुलिस घेरा डाल दिहले रहुवे आ दू गो औरत समेत चार गो तस्करन के चरस संगे ध लिहलसि. बरामद चरस के दाम करीब दू करोड़ रुपिया बतावल जात बा.
धराइल तस्कर सोहरसवा गाँव के बतावल जात बाड़े.