विद्यार्थी परिषद कार्यकर्तन प लाठीचार्ज मे बीसन लोग घवाहिल
January 29, 2014
लखनऊ 29 जनवरी (वार्ता) लखनऊ मे आजु आपन तैंतीस गो माँग ले के प्रदर्शन करे उतरल विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्तन प पुलिस के लाठी चार्ज से नाहियो त बीसन कार्यकर्ता घवाहिल हो गइले.
शिक्षा के व्यवसायीकरण, छात्रवृत्ति मे मुस्लिम तुष्टिकरण, आ संस्कृत विद्यालयन से भेदभाव का खिलाफ विधानसभा का सोझा होखत एह प्रदर्शन के हटावे खातिर पुलिस लाठी भँजलसि जवना में बीस से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. कुछ जने के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल बा.