बेतिया जेल से दु गो कैदी फरार

बेतिया 29 जनवरी (वार्ता) बेतिया जेल से आजु फजीरे दू गो कैदी जेल प्रशासन के चकमा देके फरार हो गइले स. एहमे पिपरा निवासी कृष्णा राम आ लाल बिहारी प्रसाद के नाम बा. दुनू जंगला तूड़ के भागल बाड़े,

कृष्णा राम के रेल डकैती का मामिला मे गिरफ्तार कइल गइल रहे आ लाल बिहारी के एगो अपहरण का मामिला में उमिर कैद के सजा मिलल रहे.

पुलिस दुनू के तलाश में जगहे जगह छापा मारत बिया.