Go to ...
RSS Feed

Archives for January 2014

हीरो हॉकी फाइनल मे हालैड आ न्यूजीलैड के मुकाबला

नयी दिल्ली।7 जनवरी (वार्ता) विश्व के तिसरका नंबर के टीम हालैड के सेमी फाइनल मे हरा के विश्व चैम्पियन आस्ट्रेलिया फाइनल मे चहुँप गइल. एकरा पहिले न्यूजीलैंड इंगलैड के हरा के पहिलही फाइनल मे चहुँप गइल बावे.

दिल्ली के पुलिस अधिकारियन प कवनो कार्रवाई ना होखी

नयी दिल्ली 17 जनवरी (वार्ता) दिल्ली के पुलिस आयुक्त बी एस बस्सी के कहना बा कि दिल्ली के कानून मंत्री सोमनाथ भारती आ पुलिस अधिकारियन के बीच भइल बकझक का मामिला मे अबही कवनो पुलिस अधिकारी का खिलाफ एक्शन ना लीहल जाई. बस्सी के कहना बा कि एह मामिला मे अधिकारियन के कवनो गलती ना

पेट्रोल पंप मैनेजर आग लगा के जर मरले

गोपालगंज 17 जनवरी (वार्ता) गोपालगंज जिला के कुचायकोट थाना के सासामुसा गाँव का नियरा नेशनल आ हाईवे प के एहो पेट्रोल पंप के मैनेजर आजु अपना देहि में आग लगा के जर मरल. हालांकि मैनेजर के परिवार के कहना बा कि इ हत्या बावे जवना के आत्महत्या के रुप देबे के साजिश भइल बा.

बिजली के किल्लत से छुटकार मिली बिहार के : नीतीश

मुजफफरपुर 17 जनवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ने आज बूढ़ी गंडक नदी पर सोड़ा गोदाम आ अहियापुर के बीच पहुंच पथ समेत दू लेन के उच्चस्तरीय आरसीसी पुल बनावे के काम के शुरुआत करवला का बाद एगो समारोह के संबोधित करत कहलन कि रा्ज्य मे बिजली के हालात सुधारे ला हर सब डिविजन

घटतौली मिलला प मिल प्रबंधन का खिलाफ मामिला दर्ज

गोण्डा 17 जनवरी (वार्ता) केतुकीडीह गन्ना केन्द्र पर घटतौली पकडइला का बाद बजाज हिन्दुस्तान शुगर मिल इन्डस्ट्रीज के कुन्दरखी चीनी मिल यूनिट के प्रबंधन का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल. केस दर्ज करवले नवाबगंज गन्ना समिति के सचिव प्रदीप वर्मा.

वाराणसी में गहना सेल्समैन के गोली मार के हत्या

वाराणसी 17 जनवरी (वार्ता) चौक इलाका मे काल्हु रात कुछ बदमाश सुडिया हुंडी गली में सीताराम ज्वेलर्स के एगो सेल्समैन हरेकृष्ण अग्रवाल के गोली मार के हत्या क दिहले जब उ अपना मालिक से बैग छीने के विरोध कइलसि. बतावल जात बा कि रात मे दुकान बंद करत घरी बदमाश दुकान मालिक के बैग छीने

ट्रैक्टर से कचरा के एक आदमी के मौत

बगहा 17 जनवरी (वार्ता) पश्चिम चंपारण जिला के नगर थाना के मलकौल गांव के नियरा आजु एगो मोटरसाइकिल आ ट्रैक्टर के टक्कर का बाद मोटरसाइकिल सवार गिर घनश्याम चौरसिया गिर गइल आ ट्रैक्टर से कचरा के ओकर ओहिजे मौत हो गइल. ट्रैक्टर चलावे वाला ट्रैक्टर छोड़ के भाग पराइल. बतावल जात बा कि हादसा मोटरसाइकिल

राहुल के नेतृत्व मे चुनाव लड़े के एलान कइलसि कांग्रेस

नई दिल्ली ।6 जनवरी (वार्ता) जमाना से चलत उहापोह खतम करत आजु कांग्रेस एलान क दिहलसि कि अगिला लोकसभा चुनाव उपाध्यक्ष राहुल गांधी के अगुअई मे लड़ल जाई. कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के दखल का बाद पार्टी राहुल के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित ना कइलसि काहे कि सोनिया कहली कि कांग्रेस में अइसन परंपरा

लोकसभा चुनाव के लड़ाई से नीतीश के पहिलही से बाहर बतवलन लालू

पटना 16 जनवरी (वार्ता) अपना मेहरारू आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के आवास प अल्पसंख्यक जमात के लोग ला बोलावल चूड़ा दही भोज का मौका प राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव प्रधानमंत्री पद खातिर हर तरह से बढ़िया उम्मीदवार बतवलन कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गांधी के, कहलन कि राहुल हर तरह से नरेन्द्र

केजरीवाल के तानाशाह बतवले आआपा विधायक बिन्नी

आजु भोरे एगो पत्रकार सम्मेलन बोला के आ आपा विधायक विनोद कुमार बिन्नी अरविंद केजरीवाल के तानाशाह कहले. कहलन कि जनता के बेवकूफ बना के केजरीवाल कवनो तरह बस गद्दी प बनल रहल चाहत बाड़े. बिन्नी इहो कहलन कि पार्टी के सगरी फैसला बंद कमरा में चार पाँच लोग मिल के क लेत बा. बिन्नी

सायना नेहवाल के सनसनीखेज हार

कुआलालम्पुर 16 जनवरी (वार्ता) भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाडी सायना नेहवाल के नया साल के शुरूआते खराब हो गइल आ उ बियफे का दिने प्री क्वार्टर फाइनल हार के मलेशियन ओपन से बाहर हो गइल बाड़ी, हालांकि पुरुष एकल में श्रीकांत कोरिया के खिलाड़ी के हरा के क्वार्टर फाइनल मे पहुंच गइल बाड़े.

यूपी में मेडिकल पीजी मे गाँव में तैनात सरकारी डाक्टरन ला तीस फीसदी आरक्षण

लखनऊ 16 जनवरी (वार्ता) प्रान्तीय चिकित्सा सेवा संघ प्रदेश सरकार के ओह फैसला के स्वागत कइले बा जवना में प्रान्तीय चिकित्सा एवं स्वास्थ्य सेवा संवर्ग मे तैनात डाक्टरन के प्रदेश के मेडिकल कॉलेजन में पीजी करे ला तीस फीसदी जगहा आरक्षित क दीहल गइल बा. सरकार के एह फैसला से सरकारी नौकरी में आवे वाला

बिहार का भभुआ हरियर शहर बन गइल

भभुआ 16 जनवरी (वार्ता) पिंक सिटी का नाम से मशहूर जयपुर के बाद बिहार के भभुआ शहर आब .ग्रीन सिटी बन गइल बा. एह बात के एलान करत कैमूर के जिलाधिकारी अरविंद सिंह कहलन कि छह महीना पहिले नगर परिषद आ नागरिकन के बइठक में तय भइल रहे कि शहर के हरियर रंग से रंगल

पिछड़ा वर्ग के आरक्षण मे से दू तिहाई हिस्सा मुसलमानन के देबे के साजिश

एटा 16 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल एटा के सांसद कल्याण सिंह आरोप लगवले बाड़न कि कांग्रेस, सपा आ बसपा मिल के पिछड़ा वर्ग के मिलल आरक्षण के फायदा मुसलमानन के देबे के साजिश रचत बाड़ी स. कहलन कि मुस्लिम आरक्षण का बाद पिछड़ा वर्ग के मिले वाला सताइस फीसदी आरक्षण में

रिश्वत लेत बड़ा बाबू धरइले

पटना 16 जनवरी (वार्ता) बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो पश्चिम चंपारण जिला के बाल विकास परियोजना पदाधिकारी कार्यालय के बड़ा बाबू धीरेन्द्र कुमार सिंह के आजु घूस लेत घरी पकड़ लिहलसि. ब्यूरो के शिकायत मिलल रहे कि बड़ा बाबू इमामबाड़ा आंगनबाड़ी केन्द्र के सेविका शहाना परवीन के बिल भुगतान करे खातिर चार हजार रुपिया के

वैष्णो देवी मंदिर के गुफा मार्ग फेरू खुलल

जम्मू 16 जनवरी (वार्ता) जम्मू.कश्मीर के रियासी जिला के त्रिकुटा पहाडियन प बनल दुनिया भर में मशहूर माता वैष्णो देवी मंदिर के प्राकृतिक गुफा मार्ग के श्रद्धालुअन ला फेरू खोल दिआइल बा. बतावल जात बा कि खराब मौसम का चलते कम लोग चहुंपला का चलते गुफा मार्ग खोलल गइल बा बाकि बाद मे भीड़ बढ़ला

छेड़खानी के विरोध कइला प लइकी के हत्या

गोपालगंज 16 जनवरी (वार्ता) यादोपुर थाना के बाबू विशनपुर गांव मे काल्हु रात छेड़खानी के विरोध कइला प बनबारी यादव के अठारह साल के बेटी मिंटू कुमारी के हत्या क दीहल गइल. छेड़खानी के विरोध कइला प गाँवे के कुछ लड़िका ओकरा के छूरा घोंप दिहले जवना का बाद ओकर मौत हो गइल. एह बात

बलिया १४ जनवरी

हल्दी थाना के बबुआपुर आ परसियां गांव में लागल आग में छह गो पलानी जरला से हजारो रुपिया के सामान राख हो गइल. बलिया के मशहूर अधिवक्ता रहल शिवकुमार राय के पुण्यतिथि उनका मकान प मना के सरधांजलि दीहल गइल. एगो बीएच डब्ल्यू अपना धनबल आ पैरवी बल से बलिया के तीन गो अस्पतालन, रसड़ा,

सारण १४ जनवरी

मंगल का दिने छपरा के राम जयपाल कालेज में बिहार के उपमुख्य मंत्री रहल स्व॰ राम जयपाल सिंह यादव के 92वीं जयंती मनावल गइल. समारोह के उद्घाटन कइलन मंत्री रहल उदित राय. आजादी के लड़वइया आ महान शिक्षाविद् ब्रजकिशोर बाबू के 136वीं जयंती मंगल का दिने छपरा के ब्रजकिशोर किंडर गार्टन में मनावल गइल. खुफिया

बिहार कांग्रेस चुनाव समिति फेरू बनावल गइल

नयी दिल्ली. 13 जनवरी (वार्ता) कांग्रेस के चुनाव समिति फेरू से बनावत एकर अध्यक्ष बड़का नेता अशोक चौधरी के बनावल गइल बा. एह समिति के सदस्यन में सदानंद सिंह, डा. शकील अहमद, डा शकील अहमद खान, कैलाश पाल, मौलाना अशररुल हक, डा. ज्योती, डा. जावेद, अखिलेश सिंह, मदन मोहन झा, प्रो. राम जतन सिन्हा, महबूब

Older Posts›› ‹‹Newer Posts