Archives for February 2014
साल २००२ में गुजरात में गोधरा कांड का बाद भड़कल दंगा का बाद राम विलास पासवान राजग छोड़ दिहले रहलें. बाद में लालू प्रसाद के राजद साथे हो गइले आ भाजपा के हमेशा मुखालिफत करत रहले. बाकिर एने लालू के राजद रामविलास के भाव ना देत रहुवे आ कई महीना से उनुका के कवनो इशारो
बियफे का सबेरे नीतीश प हमला बोलत शिवानंद तिवारी कहलन कि राजद में टूट के सूत्रधार नीतीशे हउवन ना त एह तरह आनन फानन में बागी गुट के मान्यता ना दिहले रहीतन विधानसभा अध्यक्ष. कहलन कि नीतीश के सरकार अल्पमत में बिया आ एही बेचैनी में उ राजद में बँटवारा करवा दिहलन. बाकिर शिवानंद के
एह साल होखे वाला लोकसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के पहिला सूची भाजपा महाशिवरात्रि का दिने जारी क दिहलसि. एह सूची में चउवन उम्मीदवारन के नाम बा. अध्यक्ष रहल नितिन गड़करी नागपुर से आ वरिष्ठ नेता गोपीनाथ मुंडे बीड से चुनाव लड़ीहें. एह सूची में महाराष्ट्र आ पश्चिम बंगाल की 17, ओडिशा के छह, जम्मू
बिहार के विशेष राज्य दिआवे के माँग ले के आजु भाजपा पूरा बिहार में रेलचक्का जाम करे के एलान कइले बिया आ एह चलते सगरी टीसनन पर सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा. गोपालगंज के अंबेडकर चौक का नियरा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी के पुतला फूंके का फेर में राजद
सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद सहारा प्रमुख सुब्रत राय के गिरफ्तार करे ला चहुँपल लखनऊ पुलिस खाली हाथ लवटि आइल काहे कि सुब्रत राय घरे ना भेंटइले. कोर्ट उनुका के चार मार्च के अदालत में हाजिर करवावे ला गैरजमानती वारंट जारी कइले बिया. बलिया के बहुचर्चित डाक्टर जे पी शुक्ला के पिछला दिने दिल्ली
बुध का सबेरे नौसेना के पनडुब्बी आईएनएस सिंधुरत्न में हादसा भइला से सात गो नौसेनिक घवाहिल हो गइले आ दू गो के पता नइखे चलत कि कहाँ गइलें. हादसा का बेरा पनडुब्बी पानी का भीतर रहुवे. एने नौसेना में लगातार होखत हादसा पर रक्षा मंत्री के नाराजगी जतवला का बाद नौसेना प्रमुख एडमिरल डी. के.
फगुआ का मौका प रेलगाड़ियन में होखे वाला भीड़ के धेयान में राखत गोरखपुर से पुणे आ छपरा से दिल्ली वाया आजमगढ का बीच विशेष गाडियन के चलावे के फैसला लीहल गइल बा. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि मायावती का राज में उनुका घर के कैमरा से निगरानी करावल जात
भारतीय जनता पार्टी आ रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी का बीच गठबन्हन के बातचीत अपना आखिरी दौर में बा आ दुनू पार्टी सीट के बंटवारा पर करीब करीब सहमत हो गइल बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि लोजपा के बिहार में सात गो भा आठ गो सीट दीहल जाई. हालांकि इहो सुने में आवत
बनियापुर इलाका के पिपरा गाँव में उमेश कुमार माँझी अपना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बतावल जात बा कि भउजाई के प्यार में आन्हर उमेश के आएदिन अपना मेहरारू ललिता से झगड़ा होखत रहे. कई बेर एहीला मारोपिटाई करत रहुवे उमेश. शनिचर का दिने ओकरा प अपना मेहरारू ललिता के गला दबा के
पुलिस महानिदेशक बनला का बाद पहिला बेर अपना गाँवे, बलिया के अवाँया गाँव, आइल रिजवान अहमद बतवलन कि सरकार जल्दिए चालीस हजार सिपाहियन के बहाली करी. रिजवान अहमद के उनका गाँवे प गार्ड आफ आनर दिहल गइल. मऊ जिला के हलधरपुर थाना के सहुआरी गाँव के सैकड़ो साल पुरान शिवमन्दिर प लागल सोना के त्रिशूल
अमनौर के मुड़ा गाँव के सतीश दुबे अपना गाँवे के कुछ लोग प अपना लइकी के अपहरण करे के आरोप लगवले बाड़े. तीस जनवरी के जब उ दिशा मैदान खातिर निकलल रहे तबहिए कुछ लोग ओकरा के उठा ले गइल. छपरा के सियार मरवा टोला में छापा मार के पुलिस तीन गो शराब भट्ठी भसा
विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ भोजपुरी दिशा बोध के चर्चित पत्रिका ‘पाती’ श्रीराम बिहार कालोनी में एगो काव्य संगोष्ठी आयोजित कइलसि जवना में भोजपुरी कवि आपन कविता पढ़ के सुनवले. प्रदेश सरकार के कौशल विकास मिशन का तहत बलिया से पांच हजार अभ्यर्थियन के रोजगार करे जोग बनावे ला तकनीकी शिक्षा दीहल जाई,