Go to ...
RSS Feed

छपरा समाचार, ३ फरवरी १४


  • अमनौर के मुड़ा गाँव के सतीश दुबे अपना गाँवे के कुछ लोग प अपना लइकी के अपहरण करे के आरोप लगवले बाड़े. तीस जनवरी के जब उ दिशा मैदान खातिर निकलल रहे तबहिए कुछ लोग ओकरा के उठा ले गइल.
  • छपरा के सियार मरवा टोला में छापा मार के पुलिस तीन गो शराब भट्ठी भसा दिहलसि आ शराब बनावे के सामान जब्त कइलसि. केहू के गिरफ्तार करे मे सफलता ना मिलल.
  • सीतलपुर हिन्दी कॉलेज अपना कर्मचारियन के वेतन भुगतान करे ला केन्द्रीय हिन्दी निदेशालय (मानव संसाधन विकास मंत्रालय) से 12 करोड़ रुपिया के डिमांड कइले बावे. कॉलेज प्रशासन के कहना बा कि वेतन भुगतान करे लायक धन ओकरा खाता में नइखे.
  • केन्द्र सरकार महिला स्वयं सहायता समूहन के अब सात रुपिया सैकड़ा सालाना सूद प कर्जा दिवाई. एह बाबत एलान करत केन्द्रीय मंत्री जयराम रमेश कहलन कि बिहार, यूपी समेत देश के डेढ़ सौ जिला में एह सुविधा के शुरुआत होखी. एह में बिहार के रोहतास, पश्चिमी चंपारण समेत एगारह जिलन के चुनल गइल बा.
  • पटना में सात से नौ फरवरी ले सूफि संगीत महोत्सव के आयोजन होखी जवना में छह देश, स्पेन, डेनमार्कम इरान, स्वीडेन, बांगलादेश आ पुर्तगाल, के कलाकार आपन कला परोसिहें. मुख्य आयोजन एसके मेमोरियल हॉल आ प्रेमचंद रंगालय में होखी.
  • सुशील मोदी बतावत बाड़े कि भाजपा लोकसभा चुनाव में उपेन्द्र कुशवाहा के समता पार्टी से समझौता क सकेले. एह बारे में बतियावल जात बा.
  • समस्तीपुर जंक्शन प मंगल का साँझ कटिहार जात आम्रपाली एक्सप्रेस का उपर फुट ओवर ब्रिज के कुछ हिस्सा टूट के गिर गइल जवना से कई गो डिब्बा के नुकसान चहुँपल बा. एह दुर्घटना का बाद कई घंटा ले रेल यातायात मे बाधा पड़ल.
  • बेगूसराय के छौराही बाजार में यूको बैंक रुपिया ले जात गाड़ी से कुछ डकैत पचास लाख रुपिया लूट ले गइले. गाड़ी के सुरक्षा में लागल होमगार्ड के जवना गोली से घवाहिल हो गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के ढाका प्रखंड के करमावा पंचायत के पिछला मुखिया प पंचायत शिक्षक नियोजन के कागजात ना सँउपे का चलते मुकदमा दर्ज भइल बा.

Tags:

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: