Go to ...
RSS Feed

छपरा न्यूज ८ फरवरी २०१४


बनियापुर इलाका के पिपरा गाँव में उमेश कुमार माँझी अपना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बतावल जात बा कि भउजाई के प्यार में आन्हर उमेश के आएदिन अपना मेहरारू ललिता से झगड़ा होखत रहे. कई बेर एहीला मारोपिटाई करत रहुवे उमेश. शनिचर का दिने ओकरा प अपना मेहरारू ललिता के गला दबा के हत्या क देबे के मामिला दर्ज भइल जवना में हत्या के आरोप उमेश आ ओकरा भउजाई रिंकी देवी प लगावल गइल बा.

औरंगाबाद के एसएन सिन्हा कॉलेज, कैमूर के एसपी कॉलेज, सिवान के जेडए इस्लामिया कॉलेज, गोपालगंज के एम एम कॉलेज, मोतिहारी के एमएस कॉलेज, बेतिया के एनजेके कॉलेज समेत पचीस गो मॉडल कॉलेज खोले के मंजूरी दिहलसि बिहार सरकार. एह काम पर तीन सौ करोड़ रुपिया खर्च होखे के अंदाज बा.

काम में लापरवाही करे का आरोप में परसा आ एकमा प्रखंड के विकास पदाधिकारियन के तनखाह निकाले पर रोक लगा दिहले बाड़न आ सोनपुर बीडीओ के निलंबित करे के प्रस्ताव भेजले बाड़न छपरा के जिलाधिकारी.

छपरा में छह गो केन्द्र पर नवोदय विद्यालय के प्रवेश परीक्षा भइल जवना में दू हजार ले अभ्यर्थी शामिल भइले.

शुक का दिने सरस्वती जी के मूर्ति विसर्जन का दौरान कोपा में तनाव के असर शनिचरो के देखे के मिलल. पूरा कोपा के पुलिस छावनी जस बना दिहल गइल रहे. एकरा बावजूद थोड़ देर ला तनाव होइए गइल आ बहुत मुश्किल से मामिला शान्त करवलसि पुलिस.

तरैया के भाजपा विधायक जनक सिंह के मेहनत आ तब मंत्री रहल नंदकिशोर यादव के प्रयास का बाद अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बंगरा घाट में पुल के शिलान्यास क के एकरा बने के काम के शुरूआत करा दिहले.

लोजपा के प्रदेश सचिव आ नवादा जिला के लालपुर पंचायत के मुखिया अजीत यादव के चाचा आ चचेरा भाई के शनिचर रात में हथियारबंद नक्सली उठा ले गइले. बतावल जाता कि रात में नाहियो त डेढ़ सौ माओवादी लालपुर गाँव में घुसले आ वासुदेव यादव आ अजीत यादव के उठा ले गइले. ई अपहरण काहे ला भइल बा से अबही ले पता नइखे चलल.

Tags: , , , , , ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: