- भारतीय जनता पार्टी आ रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी का बीच गठबन्हन के बातचीत अपना आखिरी दौर में बा आ दुनू पार्टी सीट के बंटवारा पर करीब करीब सहमत हो गइल बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि लोजपा के बिहार में सात गो भा आठ गो सीट दीहल जाई. हालांकि इहो सुने में आवत बा कि एहमें से दू गो प भाजपा के लोग लोजपा का टिकट प लड़ी.
- भोजपुर जिला के अगिआँव थाना के कुढ़नी बाजार में २५ फरवरी का दिने एगो शादी में नाच का दौरान गोली चलला से दू जने के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
- राजद के टूट प लालू के भड़कल नीतीश के खटकत बा. कहलन कि खिसियानीबिल्ली खंभा नोचे वाला हाल बा. आग लागल अपने घर के शार्ट सर्किट से आ दोस दोसरा प मढ़े में लागल बाड़ें.
- हिन्दूवन से पाँच गो बच्चा पैदा करे के गोहार लगवला खातिर विश्व हिन्दू परिषद के अध्यक्ष अशोक सिंघल प शिवानंद आपन नाराजगी जतवलें. कहलन कि एगो अउरी साध्वी के मैसेज मोबाइल प चलत बा जवना में हिन्दूवन के अल्पसंख्यक होखे के खतरा बतावल जात बा आ मोदी के जितावे के अपील कइल जात बा.
- लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार गया में कहली कि जनता अइसनका लोग के सांसद मत चुने जे संसद के मान गिरावेलें.
- नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में बम फोड़े वाला चार गो आतंकियन के यूपी से गिरफ्तार क के ले अइला का बाद एनआईए के विशेष अदालत के आदेश से हिरासत में भेज दीहल गइल.
- भाजपा से पींग बढ़वला से नाराज लोजपा के अकेला विधायक जाकिर हुसैन इस्तीफा दे दिहलें.
- जदयू नेता श्याम रजक आरोप लगवले कि लालू विधानसभा अध्यक्ष के मरवावल चाहत बाड़न. राजद में भइल टूट का बारे में रजक के कहना रहे कि नीतीश तूड़े के ना जोड़े के काम करेलें. तूड़े के काम त लालू के ह जे आपन अल्पमत वाली सरकार बचावे ला कतना गोल तूड़ दिहले रहले.
- बिहार विधानसभा के स्पीकर उदय नारायण चौधरी के कहना बा कि राजद से बागी तेरह गो विधायकन के गुट के मान्यता दिहल न्याय का हिसाब से सही रहे तबहियों दलित होखला का चलते उनुका के निशाना बनावल जात बा.
- बुध का दिने बिहार में जगहे जगह फेरू बदरी छाप लिहले बिया आ बियफे का दिने कुछ जगहा बरखा होखे के अनेसा बतावल जात बा.
498 total views, 2 views today