बियफे का सबेरे नीतीश प हमला बोलत शिवानंद तिवारी कहलन कि राजद में टूट के सूत्रधार नीतीशे हउवन ना त एह तरह आनन फानन में बागी गुट के मान्यता ना दिहले रहीतन विधानसभा अध्यक्ष. कहलन कि नीतीश के सरकार अल्पमत में बिया आ एही बेचैनी में उ राजद में बँटवारा करवा दिहलन.

बाकिर शिवानंद के बात नीतीश से बरदाश्त ना भइल आ साँझ होत होत राज्यसभा सांसद रहल शिवानंद तिवारी के निकाल दिहलसि जदयू. साथहीसाथे चार गो लोकसभा सांसदो लोग के निकाल फेंकलसि जदयू जवना में कैप्टन जयनारायण निषाद, मंगलीलाल मंडल, सुशील कुमार आ पूर्णमासी राम के नाम बा. एह लोग के पहिले निलंबित कइल गइल रहे आ अब निकाल दीहल गइल बा.

जान जाईं कि शिवानंद तिवारी जदयू से राज्यसभा सांसद रहलन बाकिर समय खतम भइला का बाद उनुका के दुबारा राज्यसभा ना भेजल गइल. पहिले शिवानंद तिवारी जदयू के महासचिव रहलन बाकिर नीतीश के खिलाफत करे के चलते उनुका के महासचिव से हटा दीहल रहे.

By admin

%d bloggers like this: