Go to ...
RSS Feed

टटका खबर यूपी से, २७ फरवरी १४


  • सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद सहारा प्रमुख सुब्रत राय के गिरफ्तार करे ला चहुँपल लखनऊ पुलिस खाली हाथ लवटि आइल काहे कि सुब्रत राय घरे ना भेंटइले. कोर्ट उनुका के चार मार्च के अदालत में हाजिर करवावे ला गैरजमानती वारंट जारी कइले बिया.
  • बलिया के बहुचर्चित डाक्टर जे पी शुक्ला के पिछला दिने दिल्ली में विष विशारद सम्मान से सम्मानित कइल गइल. उनका के ई सम्मान लोधी रोड का हैबिटेट सेंटर में आयोजित एगो समारोह में केंद्रीय मंत्री वायलार रवि, उच्चतम न्यायालय के पूर्व प्रधान न्यायाधीश एनएसए सिद्दीकी, युगांडा के हाई कमिश्नर जोसेफ कागकेजा आ सीबीआइ के पूर्व निदेशक सरदार जोगिंदर सिंह का मौजूदगी में दीहल गइल. पूर्व प्रधान न्यायाधीश एनएसए सिद्दीकी उनुका के एह दिसाईं अउरी बढ़िया काम करे ला प्रोत्साहित कइलन. डा॰ शुक्ला अपना निजी अस्पताल में जहर खाइल मरीजन के बचावे खातिर जानल जालें आ उनुकर दावा बा कि अबले हजारन मरीजन के जान बचवले बाड़न. एहसे पहिले साल २००९ में उनुका के राष्ट्रीय चिकित्सा रत्न से सम्मानित कइल गइल रहे.

Tags: , , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: