Go to ...
RSS Feed

२८ फरवरी २०१४ के खबर एक नजर में


  • शुक का दिने बिहार भर में जदयू विशेष राज्य के दर्जा मांगत मशाल जुलूस निकललसि. आजु शनिचर का दिने लोग से आपन थरिया पीटे के गोहार लगवलन नीतीश कुमार कि केन्द्र सरकार के कान ले ई आवाज जाव. एही मुद्दा पर दिन भर भाजपा रेल जाम क के रखलसि जवना से रेल यातायात बाधित रहल. अनेके गाड़ी घंटन देर से चलली सँ.
  • सहारा प्रमुख सुब्रत राय के शुक का दिने लखनऊ पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि आ मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट उनका के चार मार्च ले पुलिस हिरासत मे भेज दिहलसि. चार मार्च के दू बजे ले सुब्रत राय के उच्चतम न्यायालय मे पेश करी पुलिस. एह बीच सुब्रत राय का तरफ से पेश जमानत अर्जी पर विचार करे से इन्कार क दिहलसि सु्प्रीम कोर्ट.
  • एशिया कप के मैच में श्रीलंका के कप्तान रह चुकल कुमार संगकारा के १०३ रन के शानदार पारी का बदौलत श्रीलंका भारत के दू विकेट से हरा के फाइनल खेले के आपन दावा मजबूत क लिहलसि.
  • भाजपा के पहिला सूची में नाम ना रहला से उदास लालकृष्ण आडवाणी कहलन कि उ गांधीएनगर से लोकसभा चुनाव लड़ल चाहत बाड़ें. कहलन कि एह बाबत पार्टिए फैसला करी.
  • जदयू से निकलइला का बाद शिवानन्द तिवारी कहलन कि नीतीश कुमार तुगलकी अंदाज मे पार्टी चलावत बाड़ें. आ लोकसभा चुनाव मे उनुका एकर खामियाजा भरे के पड़ी.
  • उ.प्र. मे चार गो नया मेडिकल कॉलेज खोले खातिर जगह चुने प विचार कइलसि राज्य सरकार.
  • गोण्डा संसदीय क्षेत्र से दू हाली सांसद रह राज्य के कृषि मंत्री आनन्द सिंह के बेटा कीर्तिवर्धन सिंह शुक का दिने समाजवादी पार्टी से इस्तीफा दे दिहलें.
  • बेमौसम बरसात से काल्हु भर दिन जन जीवन अस्त व्यस्त रहल. यूपी में कुछेक जगहा से बनौरीओ गिरे के खबर बा.
  • देवांशरीफ मे सूफी सन्त हाजी वारिस अली के मजार पर चादर चढा के कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गाँधी यूपी में अपना चुनाव प्रचार के शुरुआत कइलन.
  • दिल्ली के खिडकी एक्सटेशन छापा मामिला में दिल्ली पुलिस को क्लीन चिट दिहलसि न्यायायिक जाँच समिति. कहलस कि मंत्री सोमनाथ भारती के व्यवहार ठीक ना रहल.
  • उदयपुर में विहिप संरक्षक अशोक सिंघल कहलें कि अगर नरेन्द्र मोदी के सरकार केन्द्र में बनल त धारा ३७० हटा दीहल जाई.
  • सु्प्रीम कोर्ट उत्तराखंड में पंचायत चुनाव करावे पर अंतरिम रोक लगवलसि.
  • लोकसभा चुनाव में मन भर खरचा कर सकीहें चुनाव लड़े वाला. खरचा के सीमा बढ़ा के सत्तर लाख ले कर दीहलसि चुनाव आयोग. छोटका राज्यन में ई सीमा कम रही.
  • नौसेना के नयका एडमिरल चुने ला प्रक्रिया के शुरूआत कइलसि रक्षा मंत्रालय. बार बार होखत हादसा के बाद नौसेना प्रमुख डी के जोशी इस्तीफा दे दिहलें. अब बात सामने आइल बा कि कई साल से बेर बेर मंत्रालय से कहत रहुवे नौसेना कि जरुरी उपकरण आ रख रखाव खातिर खरचा बढ़ावल जाव बाकिर मंत्रालय ओकर अनदेखी करत रह गइल.
  • केन्द्र सरकार के हाथ गोड़ काँपे लागल बा राहुल गांधी के “दिलचस्पी” वाला विधेयकन पर अध्यादेश ले आवे में. ओकरा लागत बा कि अगर राष्ट्रपति एह अध्यादेशन के मंजूरी ना दीहें त सरकार के अउरी फजीहत हो जाई.
  • समाज मे गैर बराबरी खतम होखे ले आरक्षण जारी राखे के बात कहलन सुशील मोदी.

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: