Archives for April 2014
भाजपा का तरफ से देश के प्रधानमंत्री पद के उमीदवार नरेन्द्र मोदी गुजरात के भरूच में एगो सभा में कहलन कि केंद्र सरकार का ओर से करावल फोन टैपिंग में कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के एगो बेहद करीबी के हवाला कारोबार में लागल होखे के जानकारी मिलल बा बाकिर सरकार अब एह बात के लुकावे
बिहार भाजपा के अध्यक्ष रहल डा. सी. पी. ठाकुर आजु आरक्षण खतम करे के माँग क के चुनावी माहौल में बॅड़ेरा उठा दिहलन. कहलन कि आजादी का बाद महज दस साल खातिर आरक्षण के बात कहल गइल रहुवे बाकिर ई आजु ले चलल आवत बा आ अब एकरा के खतम क देबे के चाहीं. भाजपा
शुक का दिन से दिल्ली के रविन्द्र भवन परिसर में तीन दिन ले चले वाला बिहार महोत्सव के शुरुआत हो गइल. ई आयोजन बिहार सरकार के कला,संस्कृति अउर युवा विभाग, संगीत नाटक अकादमी आ बिहार ललित कला अकादमी मिल के कइले बावे. कार्यक्रम के शुरुआत बिहार राज्यगीत से कइल गइल आ ओकरा बाद बिहार गौरव
अबु धाबी में शनिचर का दिने भइल आईपीएल के मैच में अबले के तिसरका सबसे कम रन बने के रिकार्ड बन गइल जब राजस्थान के प्रवीण तांबे के शानदार गेंदबाजी का बदौलत रायल चैलेंजर्स के पूरा टीम पन्दरहे ओवर का खेल में महज सत्तर रन पर निपट गइल. बाद में खेले उतरल राजस्थान रायल्स के
राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के सजा मिलला का बाद चुनाव लड़े जोग ना रह गइला का बाद उनकर मेहरारु सारण लोकसभा सीट से आपन परचा दाखिल कइली. पिछला चुनाव में एहिजा से लालू खुद चुनाव जीतले रहले. शनिचर का दिने परचा दाखिल करत घरी राबड़ी देवी का साथे पति लालू प्रसाद आ बेटा तेजप्रताप
भड़काऊ भाषण मामिला में चुनाव आयोग कड़ा फैसला लेत सपा नेता आ मंत्री आजम खान अउर भाजपा नेता अमित शाह के चुनावी रैली आ रोड शो करे प रोक लगा दिहलसि. चुनाव आयोग आपन जांच में पवलसि कि आजम खान आ अमित शाह जानबूझ के एह तरह के भड़काऊ भाषण दिहलें. दुनू जने प मुकदमो
कर्नाटक के कोलार में भाषण देत सोनिया गाँधी कहली कि एगो आदमी के जादूगर बना के पेश कइल जात बा कि ऊ आई त देश के सगरी समस्या के समाधान क दी.एकरा बाद झारखण्ड के जमशेदपुर में भाषण देत नरेन्द्र मोदी कहलन कि दिल्ली में एगो काला जादू करे वाला बइठल बा जवना का चलते
राहुल के नाकाम होखत देख कांग्रेस में बहुते लोग चाहत बा कि प्रियंका गांधी के मैदान में उतारल जाव बाकिर आजु प्रियंका साफ कह दिहली कि ऊ माई के सीट रायबरेली आ भाई के सीट अमेठी छोड़ दोसरा इलाकन में प्रचार ना कर पइहें. उनकर एह इलाकन में रहल जरूरी बा काहे कि सोनिया आ
कौमी एकता दल के नेता मुख्तार अंसारी अबकी वाराणसी सीट से चुनाव ना लड़ीहें जबकि पिछला चुनाव ऊ महज सतरह हजार वोट से हारल रहले. अबकी वाराणसी सीट से नरेन्द्र मोदी चुनाव लड़े वाला बाड़न आ उनका खिलाफ हिन्दुत्व विरोधी जमात के एक होके चुनाव लड़े के बात होखत बा. आ आपा पार्टी के अरविंद
सपा नेता मुलायम सिंह यादव आजु मुरादाबाद के एगो मुस्लिम बहुत इलाका में प्रचार करत कहलन कि बलात्कारी लड़िकन के फाँसी के सजा ना देबे के चाहीं. कहलन कि लड़िकन से अइसनका गलती कबो कभार हो जाला आ एह ला ओह लइकन के फाँसी ना होखे के चाहीं. कहलन कि अगर सपा के सरकार बनल
गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेंद्र मोदी आज वडोदरा में आपन परचा दाखिल कइलन. परच दाखिल करे से पहिले ऊ वडोडरा में रोड शोओ कइलन. परचा दाखिल करे खातिर अपना चार गो समर्थकन में मोदी वडोदरा के राजघराना रहल परिवार के राजमाता शुभांगिनी राजे गायकवाड़ आ एगो चाय बेचे वाला
लोकसभा चुनाव के तिसरका दौर के चुनाव बियफे के होखे वाला बा आ एहसे ओह इलाकन में प्रचार करे के काम आजु मंगल साँझ से बंद हो गइल. एह दौर के मतदान में दिल्ली समेत 14 राज्यन के 91 सीट पर वोट डालल जाई. दिल्ली, हरियाणा आ केरल के सगरी सीट प वोट एही दौर
बहुत दिन बाद बजलऽ हो शंख बाकि बाबाजी के पदा के वाला स्टाइल में कांग्रेस आखिरकार अपना विधायक अजय राय के वाराणसी सीट से नरेन्द्र मोदीका खिलाफ टिकट दे दिहलसि. एकरा बाद मुख्तार अंसारी के पार्टी के कहना बा कि कांग्रेस मोदी से मिल के उनका के वाकओवर दे दिहलसि. मुख्तार अंसारी चाहत रहले कि
एह हालत में भारत निर्वाचन आयोग के कहना बा कि ओह वोटर के तब कवनो फोटो पहचानपत्र देखावे पड़ी जइसे कि पासपोर्ट,ड्राइविंग लाइसेंस, पैन कार्ड, सरकार भा सार्वजनिक उपक्रम के फोटो वाला सेवा पहचान पत्र, बैंक भा डाकघर के फोटोसहित पासबुक, आधार कार्ड, राष्ट्रीय जनसंख्या पंजीयनपत्र, मनरेगा जॉब भा अइसने कवनो अउर फोटो पहचानपत्र. वोटर