web analytics

मोदी के जादूगर बतवली सोनिया त मोदी कहलें दिल्ली में काला जादू करे वाला बइठल बा

कर्नाटक के कोलार में भाषण देत सोनिया गाँधी कहली कि एगो आदमी के जादूगर बना के पेश कइल जात बा कि ऊ आई त देश के सगरी समस्या के समाधान क दी.एकरा बाद झारखण्ड के जमशेदपुर में भाषण देत नरेन्द्र मोदी कहलन कि दिल्ली में एगो काला जादू करे वाला बइठल बा जवना का चलते नवहियन के रोजगार गायब हो गइल, किसानन के फसल गायब हो गइल, पढ़ल पढ़ावल धइले रह गइल, सैनिकन के मूड़ी कटा गइल जडन आजले ना मिलल. कहलन कि ओकरा करिया जादू से देश तबाह हो गइल. अब देश के जनता एह करिया जादू करे वाला के हटाइए के दम ली.

 363 total views,  2 views today

%d bloggers like this: