राजस्थान रायल्स छह विकेट से हरा दिहलसि रायल चैलेंजर्स के
April 26, 2014
अबु धाबी में शनिचर का दिने भइल आईपीएल के मैच में अबले के तिसरका सबसे कम रन बने के रिकार्ड बन गइल जब राजस्थान के प्रवीण तांबे के शानदार गेंदबाजी का बदौलत रायल चैलेंजर्स के पूरा टीम पन्दरहे ओवर का खेल में महज सत्तर रन पर निपट गइल.
बाद में खेले उतरल राजस्थान रायल्स के टीम तेरह ओवर का खेल का बाद चार विकेट का नुकसान प एकहत्तर रन बना लिहलसि.
राजस्थान चार मैच खेल के दुसरका हाली जीतल बा जबकि चारे मैच में बेंगलूर के ई दुसरकी हार हवे.